प्रकाश उदय







तनी जगइह पिया


-आहो- आहो... ...
रोपनी के रंउदल देहिया, सांझहीं  निनाला
तनी जगइह पिया
जनि छोडि के सुतलके, सुति जइह पिया

 -आहो- आहो... ...
हर के हकासल देहिया, सांझहीं  निनाला
तनी जगइह धनी
जनि छोडि के सुतलके सुति  जइह धनी

-आहो- आहो... ...
चुल्हा से चउकिया  तकले
देवरू ननदिया तकले
दिनवा त दुनिया भर के, रतिए हउवे आपन
जनि गँवइह पिया
धइ के बंहिया प् माथ, बतियइह पिया

-आहो- आहो... ...
घर से बधरिया तकले
भइया भउजइया तकले
दिनवा त दुनिया भर के, रतिए हउवे आपन
जनि गंवइह धनि
धईं  के बंहिया प् माथ, बतियइह धनी

-आहो- आहो... ...
दुखवा दुहरवला बिना
सुखवा सुहरवला बिना
रहिये ना जाला कि ना, कइसन दो त लागे
जनि सतइह पिया
कहियो रूसियो फुलियो जाईं त मनइह पिया

-आहो- आहो... ...
काल्हु के फिकिरिये निनिया
उडि जाय जो आँखिन, किरिया
आके  पलकन के भिरिया, सपनन में अझुरइह पिया
सझुरइह धनी
जनि छोडि के जगल के सुति जइह धनी

      -जनि छोडि के सुतल के सुति जइह पिया...




 दुकान ह पंचर के ई पक्का





हैन्डिल-पैडिल टायर चक्का
दूकान ह ई पंचर के पक्का

ना कवनो पोस्टर ना कवनो पलानी
काठे के बक्सा बा नादे में पानी
लागे के दुई-चार टक्का
दूकान ह ई पंचर के पक्का


ओ से भरइब चवन्नी लगइब
अपने से भरब त उहो बचइब
पम्प बदे भइल धरम धक्का
दूकान ह ई पंचर के पक्का

डाक्टर वकील अफसर हीरो भा नेता
लाखन करोड़न में लेता आ देता
सुनियो के खाय ना सनक्का
दूकान ह ई पंचर के पक्का

तनि-तनि गलती प् नौ-नौ नतीजा
दुइ चेला - एक भैना, एगो भतीजा
बुढ़वा लगे मम्मा-कक्का
दूकान ह ई पंचर के पक्का

देसवा बंटा देले नेतवा अभागा
एके में बान्हे ए धंधा के धागा
दिल्ली लाहौर चाहे ढक्का
दूकान ह ई पंचर के पक्का


mobile- 09415290286   

टिप्पणियाँ

  1. Navin Kumar नीमन लागल पढि के , दुनो के दुनो रचना प्रकास जी के एक दम खांटी आ आ रुनझुन बाडी स ! जहवा पंचर के पाका इलाज के एतना सरलता से इहा के बतवले बानी जवना से मय चीझु सोझा लउक जात बा ओजुगे एगो खेतिहर के अपना परिवार संगे बतकही आ बेरा अबेरा के एतना ना सुनर भाव मे इहा के देखवले बानी की ओह खाति कवनो सबद नईखे । सांचो बहुत नीमन लागल पढि के । धन्यबाद हमनी के भीरी एह दुनो अनमोल रचना के पहुंचावे खाति ।

    जवाब देंहटाएं
  2. मा. नीलू पंडित- सामने है जो उसे लोग बुरा कहते हैं जिसको देखा ही नहीं उसको ख़ुदा कहते हैं

    जवाब देंहटाएं
  3. दिन भर के काम से थक के चूर होखला की बाद भी प्रेम- मनुहार में
    एतना मिठास आ गइल बा कि मन प्रसन्न हो गइल । कवि व संपादक दुनों बधाई स्वीकारें ।

    जवाब देंहटाएं
  4. ham dosto kee jab kabhi mahfil jamati hai to Uday ji ka yah geet jaroor gun-gunaaya jaata hai ..ek adbhut rachana

    जवाब देंहटाएं
  5. Ramakant Roy- मजा आ गइल पढ़ के।
    भोजपुरी क लोकप्रिय गीतन क फूहरपना से अलग परिवार क सादगी भरल प्रेम मन के छू गइल।
    कवि लोग के सीख लेवे के चाही।

    जवाब देंहटाएं
  6. Nilay Upadhyay- bahut dino baad uday ki kavita padhane ko mili...bahut pyare kavi hai..unki kavita padhwane ke liye dhanywaad.

    जवाब देंहटाएं
  7. Deepak Singh- सर अगर इन्हें सुनवा सकें तो क्या कहने ...खुद उदय जी बहुत अच्छा गाते हैं

    जवाब देंहटाएं

एक टिप्पणी भेजें

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

मार्कण्डेय की कहानी 'दूध और दवा'

प्रगतिशील लेखक संघ के पहले अधिवेशन (1936) में प्रेमचंद द्वारा दिया गया अध्यक्षीय भाषण

शैलेश मटियानी पर देवेन्द्र मेवाड़ी का संस्मरण 'पुण्य स्मरण : शैलेश मटियानी'